लइकन में UTI के लक्षण का होला?

UTI (Urinary Tract Infection) तब होला जब बच्चा के मूत्रमार्ग में हानिकारक बैक्टीरिया घुस जाला। एह संक्रमण के चलते बच्चा के पेशाब करत समय दर्द भी हो सकता। अगर समय प एकर इलाज ना भईल त समस्या बढ़ सकता।

 

UTI के लक्षण का होला?

छोट बच्चा में UTI के लक्षण कुछ इस प्रकार होला -

  1. बोखार
  2. पेट में दर्द
  3. बदबू वाला पेशाब
  4. चिड़चिड़ापन
  5. उल्टी
  6. थकान
  7. दस्त

 

बड़ बच्चा में UTI के लक्षण कुछ इस प्रकार होला -

  1. बार-बार पेशाब करे के मन होखल
  2. पेशाब करत घरी दर्द होखे
  3. पेशाब में खून होखल
  4. बोखार आ ठंढा लगल
  5. पीठ भा माथा में दर्द

 

बच्चन के UTI से कइसे बचावल जाव?

लइकन के UTI से बचावे खातिर एह सब चीजन पर ध्यान दीं।

  1. लइकन के साफ-सुथरा रहे के सिखाईं।
  2. पानी ठीक से पीये के कह दीं।
  3. लइकन के खाली सूती अंडरवियर पहिरे के चाहीं।
  4. पेशाब रोके के आदत ना होखे दीं।
  5. बच्चन के सुगंधित साबुन से ना नहाये।

 

UTI के इलाज कईसे कईल जाला?

UTI के इलाज खातिर रउआ निम्नलिखित steps के पालन जरूर करीं

  1. तुरंत डॉक्टर से सलाह लीं अवुरी अपना बच्चा के निर्धारित दवाई (एंटीबायोटिक) समय प दे दीं।
  2. अपना बच्चा के भरपूर पानी दीं ताकि ओकर पेशाब साफ होखे अवुरी शरीर में पानी के कमी ना होखे।

कुछ बच्चा के बार-बार UTI हो जाला। अगर आपके बच्चा के पहिले UTI भईल बा त लक्षण प ध्यान दिहल बहुत जरूरी बा।

अगर कवनो लक्षण दोबारा देखाई देवे त जल्दी से अपना डॉक्टर के बताईं।

 

Source:- 1. https://my.clevelandclinic.org/health/symptoms/15533-frequent-urination 

2. https://my.clevelandclinic.org/health/diseases/12415-urinary-tract-infection-childrens 

3. https://www.kingstonandrichmond.nhs.uk/patients-and-families/patient-leaflets/urinary-tract-infection-uti-children 

4. https://www.cuh.nhs.uk/patient-information/bladder-and-voiding-problems-in-children/ 

5. https://www.nhsinform.scot/illnesses-and-conditions/kidneys-bladder-and-prostate/urinary-tract-infection-uti-in-children/

अस्वीकरण के बा:

ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.

हमनी के खोजीं पर:
sugar.webp

Drx. सलोनी प्रिया

Published At: Feb 11, 2025

Updated At: Mar 28, 2025