का आपके बच्चा Calcium के कमी से पीड़ित बा ? लक्षण आ एकर उपाय जान लीं!

आज हमनी के जानब कि बच्चा में Calcium के कमी यानी hypocalcemia के लक्षण के पहचान कईसे कईल जाला?

 

hypocalcemia का होला?

हमनी सभे जानतानी कि Calcium हमनी के शरीर खाती बहुत जरूरी बा। Hypocalcemia एगो अइसन समस्या ह जवना में Calcium के मात्रा बहुत कम हो जाला। Calcium ना सिर्फ हड्डी अवुरी दांत के मजबूत करेला, बालुक इ हमनी के नस, मांसपेशी अवुरी दिल के ठीक से काम करे में मदद करेला।

अगर कवनो बच्चा के शरीर में Calcium के मात्रा बहुत कम हो जाला त उ गंभीर रूप से बेमार पड़ सकता। एतने ना, अगर एकर इलाज ना भईल त भविष्य में बच्चा के हड्डी अवुरी नस से जुड़ल समस्या हो सकता।

 

लइकन में Calcium के कमी काहे होला?

Calcium के कमी के कई गो कारण हो सकेला, जइसे कि-

1.भोजन में Calcium के कमी** - अगर बच्चा के सही पोषण नईखे मिलत त ओकरा शरीर में Calcium के मात्रा कम हो सकता।

  • घर में दूध के पाउडर से बनल बच्चा के बेबी फार्मूला भा बहुत पतला दूध खियावे से Calcium के मात्रा कम हो सकता।

एक साल से कम उमिर के बच्चा के गाय के दूध, बकरी के दूध भा कवनो दोसरा जानवर के दूध दिहला से भी इ समस्या हो सकता। सबसे बढ़िया दूध माई के दूध होखेला अवुरी ओकरा बाद बेबी फार्मूला बा जवन कि बाजार में उपलब्ध बा, काहेंकी एकरा में Calcium अवुरी बाकी जरूरी पोषक तत्व सही मात्रा में होखेला।

 

2. विटामिन डी के कमी - Calcium के Absorption खातिर शरीर में विटामिन डी के जरूरत होखेला।

बेबी फार्मूला में विटामिन डी पहिले से मौजूद होखेला। लेकिन, जवन बच्चा सिर्फ माँ के दूध पीयेले, ओ बच्चा के विटामिन डी के दवाई अलग से देवे के जरूरत पड़ सकता।

 

3. शरीर में जरूरी हार्मोन के कमी - हमनी के शरीर में Parathyroid अवुरी Calcitonin नाम के हार्मोन मौजूद होखेला, जवन कि Calcium के मात्रा के नियंत्रित करेला। अगर इ हार्मोन कम हो गईल त शरीर में Calcium भी कम हो सकता।

 

4. कुछ बेमारी - कई बेर नवजात शिशु के hypocalcemia नाम के समस्या होखेला, जवना के चलते शरीर में Calcium के स्तर disturb हो सकता।

छोट बच्चा, जवन कि समय से पहिले पैदा होखेला, जवना के जन्म के समय वजन कम होखेला, चाहे जवना के माँ के डायबिटीज होखेला, ओकरा में hypocalcemia के खतरा जादे होखेला।

 

Calcium के कमी के लक्षण का होला?

अगर कवनो बच्चा Calcium के कमी से पीड़ित बा त उ -

  • बहुत चिड़चिड़ा हो सकेला, - दूध पियला के बाद उल्टी हो सकेला भा दूध ठीक से ना पी सकेला, - बहुत कमजोर भा सुस्त हो जाला, - बहुत धीमा आ चुपचाप लाग सकेला, - हाथ गोड़ में कंपकंपी महसूस होला,- आ, ओकरा कबो-कबो दौरा पड़ सकेला।

कुछ बच्चा के Calcium के कमी के चलते रिकेट्स नाम के बेमारी भी हो सकता। एह में हड्डी कमजोर आ मुलायम हो जाला।

 

अपना बच्चा के एह बेमारी से बचावे खातिर हमनी के का कर सकेनी जा?

Calcium के कमी के हर बेर रोकल ना जा सकेला, लेकिन हमनी के कुछ महत्वपूर्ण काम क सकतानी, जईसे कि:

  • बच्चा के माँ के दूध भा सही फार्मूला से बनल दूध खियाईं।- एक साल से पहिले गाय के दूध, बकरी के दूध भा कवनो जानवर के दूध बिल्कुल ना देवे के चाही।
  • अगर बच्चा सिर्फ माँ के दूध पी रहल बा त डॉक्टर से सलाह लेके बच्चा के विटामिन डी के दवाई देवे शुरू करीं।

आ, अगर रउरा बच्चा के सुस्त लागत बा, दूध ठीक से नइखे पीयत, बहुते रोवत बा भा दौरा पड़ रहल बा, त देरी मत करीं आ तुरते डाक्टर से सलाह लीं.

 

Source:- 1. https://pmc.ncbi.nlm.nih.gov/articles/PMC9526821/ 

                 2. https://www.ncbi.nlm.nih.gov/books/NBK56060/ 

                 3. https://www.ncbi.nlm.nih.gov/books/NBK549792/ 

                 4. https://www.ncbi.nlm.nih.gov/books/NBK430912/ 

                 5. https://pmc.ncbi.nlm.nih.gov/articles/PMC9311836/ 

अस्वीकरण के बा:

ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.

हमनी के खोजीं पर:
sugar.webp

Drx. सलोनी प्रिया

Published At: Apr 12, 2025

Updated At: May 15, 2025