का रउवा BP कम बा? एकरा के ठीक करे के कारगर तरीका जानीं!

जब ब्लड प्रेशर 90/60 मिमी एचजी भा ओकरा से कम होखे त एकरा के लो ब्लड प्रेशर कहल जाला।

कम ब्लड प्रेशर से चक्कर आवे, कमजोरी भा कबो-कबो बेहोशी जईसन समस्या हो सकता। लेकिन, कुछ आसान उपाय से एकरा के नियंत्रित कईल जा सकता। आईं जानल जाव कि कइसे

 

खाना में तनी अउरी नमक डाल दीं

सोडियम नमक में पावल जाला जवन शरीर में हाइड्रेशन के बनावे राखे में मदद करेला अवुरी ब्लड प्रेशर बढ़ावे में मददगार होखेला। जब शरीर में सोडियम के मात्रा कम हो जाला त तब ब्लड प्रेशर भी गिर सकता।

एहसे जदी आपके ब्लड प्रेशर कम रहे त आप अपना खाना में तनिका जादा नमक डाल सकतानी। लेकिन अयीसन करे से पहिले डॉक्टर से सलाह लीही।

 

शरीर के हाइड्रेटेड रखे के चाहीं

शरीर में पर्याप्त मात्रा में पानी होखल बहुत जरूरी बा, काहेंकी ब्लड प्रेशर सिर्फ पानी के संगे संतुलित रहेला। जब आप पानी कम पीयेनी त शरीर में खून के बहाव धीमा हो जाला अवुरी एकरा से ब्लड प्रेशर भी कम हो सकता।

खास तौर प गर्मी के दिन चाहे जादा पसीना आवेला त शरीर में पानी के कमी हो सकता, जवना से कमजोरी अवुरी चक्कर आवे के समस्या बढ़ सकता।

एहसे जदी आपके ब्लड प्रेशर कम रहेला त दिन भर पर्याप्त मात्रा में पानी पीयल जरूरी बा। नारियल के पानी, फल के रस अवुरी सूप भी शरीर के हाइड्रेटेड राखे खाती निमन विकल्प बा।

 

शराब के सेवन कम करीं

शराब शरीर के dehydrate क सकता, माने कि इ शरीर से फालतू पानी के दूर क देवेला। जब शरीर में पानी के मात्रा कम होखेला त शरीर में खून के मात्रा कम हो जाला, जवना के चलते ब्लड प्रेशर कम हो सकता।

शराब से खून के नली चौड़ा हो जाला। लेकिन जदी आपके ब्लड प्रेशर कम बा त शराब पियला से शरीर में खून के बहाव धीमा हो जाला, जवना से आपके चक्कर भी आ सकता। एहसे शराब पीये से बची।

 

एके बेर में ज्यादा खाए के बजाय छोट-छोट खाना खाईं

बहुत लोग के खाना खईला के बाद अचानक ब्लड प्रेशर में गिरावट के समस्या होखेला, जवना के Postprandial Hypotension कहल जाला। जब आप एक बेर में जादा खाएनी त पाचन खाती पेट में जादा खून जाला, जवना से शरीर के बाकी हिस्सा में खून के बहाव कम हो जाला अवुरी ब्लड प्रेशर भी कम होखे लागेला।

एकरा से बचाव के सबसे बढ़िया तरीका बा कि दिन भर छोट-छोट खाना खईल जाए अवुरी कार्बोहाइड्रेट से भरपूर चीज़ खाए से परहेज कईल जाए। हल्का नाश्ता, प्रोटीन से भरपूर आहार अवुरी फाइबर से भरपूर खाना आपके शरीर के निमन ऊर्जा दिही अवुरी ब्लड प्रेशर के संतुलित राखे में मदद करी।

 

Compression Socks पहनीं

Compression Socks से गोड़ प हल्का दबाव आवेला अवुरी ब्लड प्रेशर में सुधार होखेला। आमतौर प जब आप बहुत देर तक खड़ा होखेनी त गोड़ में खून जमा हो सकता अवुरी एकरा चलते ब्लड प्रेशर कम हो सकता।

Compression Socks गोड़ में खून जमा होखे से रोकेला अवुरी ओकरा के वापस दिल में भेजे में मदद करेला। एहसे चक्कर आवे के समस्या भा अचानक कमजोरी के एहसास कम हो सकता।

 

ए छोट-छोट उपाय के अपना के आप अपना ब्लड प्रेशर के बेहतर तरीका से नियंत्रित क सकतानी।

 

Source:- 1. https://www.ncbi.nlm.nih.gov/books/NBK499961/ 

2. https://www.nhlbi.nih.gov/health/low-blood-pressure 

3. https://health.clevelandclinic.org/what-to-do-if-blood-pressure-is-to-low 

4. https://www.webmd.com/heart/ss/slideshow-guide-low-blood-pressure 

5. https://www.webmd.com/heart/understanding-low-blood-pressure-basics

अस्वीकरण के बा:

ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.

हमनी के खोजीं पर:
sugar.webp

Drx. सलोनी प्रिया

Published At: Mar 22, 2025

Updated At: May 1, 2025