का रउआ Private Part में खुजली से परेशान बानी ? इ 7 घरेलू उपाय आजमा के देखीं।

Male Genitals में खुजली अक्सर त्वचा में जलन, संक्रमण (जइसे कि फंगल संक्रमण भा बैक्टीरिया के संक्रमण), या एलर्जी के कारण हो सके ला। पसीना, गंदगी चाहे टाइट कपड़ा से भी खुजली बढ़ सकता।

 

लेकिन एकरा के कम करे के बहुत तरीका बा।

  1. जवना जगह प खुजली होखता, ओकरा के बढ़िया से धो लीं। अगर खतना ना भइल बा त धीरे से फोरस्किन के पीछे खींच लीं आ नीचे के जगह के भी धो लीं। एहसे खुजली पैदा करे वाला बैक्टीरिया दूर हो जाई।
  2. Genitals में नमी से खुजली अवुरी संक्रमण दुनो बढ़ सकता। त निजी हिस्सा के धोवे के बाद ओकरा के बढ़िया से सुखा दीं। रउआ ओह जगह के मुलायम तौलिया के मदद से सुखा सकेनी।
  3. गर्मी के दौरान आप अपना Genitals प दवाई वाला कॉर्नस्टार्च पाउडर के भी इस्तेमाल क सकतानी। काहे कि इ अतिरिक्त नमी के सोख लेवेला अवुरी सूखा राखेला।
  4. टाइट अंडरवियर से आपके त्वचा में जलन हो सकता अवुरी खुजली बढ़ सकता। एहसे हमेशा ढीला फिट वाला सूती अंडरवियर पहिनीं। काहे कि एहसे आपके त्वचा के सांस लेवे के मौका मिलेला। रोज आपन अंडरवियर बदल के ध्यान राखी कि उ हमेशा सूखल अवुरी साफ रहे।
  5. अपना अंडरवियर धोवत घरी कोमल, बिना सुगंध वाला डिटर्जेंट के इस्तेमाल जरूर करीं। सुगंध वाला साबुन अवुरी डिटर्जेंट से त्वचा में जलन हो सकता।
  6. अपना Genitals के साफ करे खातिर हल्का साबुन के इस्तेमाल करीं। एहसे आपके त्वचा में जलन ना होई अवुरी खुजली भी शांत होई।
  7. कुछ चीज़ से खुजली बढ़ सकता। अपना Genitals प Bubble Bath, सुगंधित साबुन, चाहे तेल के इस्तेमाल मत करीं। इ आपके त्वचा में जलन पैदा क सकता। संगही, Wet wipes के इस्तेमाल मत करीं, काहेंकी इ Genitals में मौजूद स्वस्थ बैक्टीरिया के परेशान क सकता।

 

ए सरल Steps के पालन कईला से आप अपना Private area में खुजली कम क सकतानी। लेकिन जदी खुजली अभी भी न ठीक होईल अवुरी बढ़ गईल त डॉक्टर से सलाह लीही

 

Source:- 1. https://www.nhsinform.scot/illnesses-and-conditions/sexual-and-reproductive/managing-genital-symptoms/ 

2. https://my.clevelandclinic.org/health/diseases/12324-sexual-health-genital-itching 

3. https://pubmed.ncbi.nlm.nih.gov/31129821/ 

4. https://pmc.ncbi.nlm.nih.gov/articles/PMC5995624/ 

5. https://www.webmd.com/sexual-conditions/sexual-health-genital-itching

अस्वीकरण के बा:

ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.

हमनी के खोजीं पर:
sugar.webp

Drx. सलोनी प्रिया

Published At: Jan 24, 2025

Updated At: Mar 4, 2025