Autism Spectrum Disorder (ASD) के screening के कुछ तरीका!
ASD के जांच मुख्य रूप से छोट बच्चा खाती कईल जाला ताकि पता चल सके कि बच्चा में ASD के शुरुआती लक्षण बा कि ना। हालांकि ASD screening वयस्क लोग खातिर भी कईल जाला।
बच्चा के मामला में डॉक्टर 2 साल के उमर से पहिले screening खाती नियमित जांच करावेले। बड़ बच्चा आ वयस्क लोग के भी ASD के लच्छन के जांच कइल जा सके ला जेकरा के कबो ASD के निदान ना भइल होखे।
ASD के जांच के तरीका बा, लेकिन जांच से ASD के निदान नईखे हो सकत।
अगर जांच में पता चलता कि बच्चा के इ विकार होखे के संभावना बा, त ASD के निदान खाती अवुरी जांच के जरूरत बा।
लइकन में ASD के जांच:
अधिकतर बाल रोग विशेषज्ञ भा नर्स लइकन में ASD के जांच करेली।
- Questionnaires: एह प्रक्रिया में माता-पिता से एगो प्रश्नावली भरे के कहल जाला जवना में बच्चा के बोलल, गति, सोच, अवुरी भावना के बारे में सवाल होखे, जवन कि उनुका बच्चा के विकास अवुरी व्यवहार से जुड़ल होखे। देखल गइल बा कि ASD जीन में भी मौजूद होला, एहसे पारिवारिक इतिहास से जुड़ल सवाल भी पूछल जाला।
- Observation: डॉक्टर/नर्स देखेले कि बच्चा कईसे खेलेला अवुरी बातचीत करेला। जइसे कि ऊ लोग देख सकेला कि बच्चा रउरा हँसी के जवाब देला की ना जवाब ना दिहल ASD के निशानी हो सकता।
- Interactive Screening Test:: इ टेस्ट खेल के गतिविधि निहन होखेला, जईसे गुड़िया चाहे अवुरी खिलौना के संगे रोल प्ले। इ परीक्षण बच्चा के संवाद कौशल, सामाजिक व्यवहार अवुरी बाकी क्षमता के पता लगावे में मदद करेला।
वयस्क लोग में ASD की Screening:
ASD के जांच करे खातिर मनोवैज्ञानिक भा मनोचिकित्सक के जरुरत होखेला :
- ऊ लोग रउरा रोजमर्रा के चुनौतियन का बारे में बात करीं
- रउरा से अपना लक्षणन के बारे में एगो प्रश्नावली भरे के कह दीं
- परिवार के ओह सदस्यन से बात करे के सुझाव दीं जे राउर बचपन के याद कर सके
- Depression, ADHD, चाहे चिंता के Screening, काहेंकी ASD के रोगी लोग में इ सभ आम बात बा।
याद राखीं कि एह जांच खातिर कवनो तइयारी के जरूरत नइखे आ Autism Spectrum Disorder के जांच से कवनो जोखिम नइखे.
ASD के जांच खातिर डॉक्टर से सलाह लिहल सबसे निमन बा।
Source:- https://medlineplus.gov/lab-tests/autism-spectrum-disorder-asd-screening/
ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.
हमनी के खोजीं पर: