जाड़ा के Superfoods: जाड़ा में स्वस्थ रहे खातिर, इ 5 हेल्दी Veggies जरूर खाईं!
आज हमनी के बात जाड़ा के 5 गो सब्जी के बारे में बा जवन कि आपके स्वास्थ्य खातिर बहुत फायदेमंद बा:
Cabbage (पत्ता गोभी): पत्ता गोभी में कुछ पोषक तत्व होखेला जवन कि ठंडा के मौसम में आपके शरीर के मजबूत अवुरी स्वस्थ राखेला। एकरा में विटामिन सी के भरपूर मात्रा होखेला, जवन कि ना सिर्फ आपके प्रतिरक्षा बढ़ावेला बालुक शरीर के सर्दी अवुरी खांसी से लड़े में भी मदद करेला। पत्ता गोभी में मौजूद Fibre हमनी के पाचन में सुधार करेला।
Carrots (गाजर): गाजर में beta-carotene नाम के एगो एंटीऑक्सीडेंट होखेला, जवन कि शरीर में विटामिन ए में बदल जाला। विटामिन ए ना सिर्फ आपके आंख के तेज करेला, बालुक इ आपके त्वचा के चमकदार अवुरी स्वस्थ राखेला। त जाड़ा के ठंडा अवुरी सूखा हवा से अपना त्वचा के बचावे खाती गाजर जरूर खाईं।
Beetroot (चुकंदर): चुकंदर में आयरन अवुरी प्राकृतिक नाइट्रेट होखेला, जवन कि आपके खून के संचार में सुधार करेला। एहसे आपके शरीर में जादा ऊर्जा मिलेला अवुरी ठंडा के चलते होखेवाला सुस्ती भी कम हो जाला। एकरा अलावे चुकंदर खईला से आपके प्रतिरक्षा बढ़ेला जवन कि आपके स्वस्थ रहे में मदद करेला।
Pumpkin (कद्दू): कद्दू में दुगो जरूरी विटामिन विटामिन ए अवुरी विटामिन सी होखेला, जवन कि जाड़ा में त्वचा के सूखापन से बचावेला अवुरी ओकरा के स्वस्थ राखेला। एकरा अलावे एकरा में एंटीऑक्सीडेंट होखेला, जवन कि शरीर के संक्रमण से लड़े में मदद करेला अवुरी प्रतिरक्षा बढ़ावेला। एहसे जाड़ा में सर्दी अवुरी फ्लू जईसन बेमारी से बचे खाती कद्दू जरूर खाईं.
Mustard Greens (सरसों): सरसों में विटामिन के अवुरी कैल्शियम भरपूर मात्रा में होखेला, जवन कि हड्डी के मजबूत राखे में मदद करेला। एकरा में पावल जाए वाला एंटीऑक्सीडेंट शरीर के विषाक्त पदार्थ अवुरी संक्रमण से बचावेला। सरसों पाचन खातिर भी बढ़िया होखेला अवुरी ठंडा में शरीर के गर्मी देवेला.
जाड़ा के मौसम में स्वस्थ रहे खातिर एह 5 सब्जी के अपना आहार में जरूर शामिल करीं।
Source:- 1. https://health.clevelandclinic.org/5-foods-for-winter-weather
2. https://health.clevelandclinic.org/heres-how-to-make-a-healthy-winter-meal-plan
3. https://pmc.ncbi.nlm.nih.gov/articles/PMC6544626/
4. https://pubmed.ncbi.nlm.nih.gov/24377584/
5. https://pmc.ncbi.nlm.nih.gov/articles/PMC5622774/
ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.
हमनी के खोजीं पर: