Perimenopause के आम लक्षण का होला? Perimenopause : एकर कारण आ लक्षण?
का राउर Periods अनियमित हो रहल बा? का रउरा कबो कबो Mood swings आवेला?
अगर हाँ त हो सकेला कि रउरा Perimenopause से गुजरत होखीं!
सबसे पहिले त हमनी के समझल जाव कि Perimenopause का होला?
साधारण शब्द में कहल जाए त इ उ समय ह जब आपके शरीर Menopause के ओर बढ़े लागेला। एह दौरान आपके अंडाशय में एस्ट्रोजन अवुरी प्रोजेस्टेरोन हार्मोन के उत्पादन कम हो जाला।
एकरा से पहिले आपके Periods प असर पड़ेला। Perimenopause के चलते Periods कबो जल्दी आवेला, कबो देर से आवेला अवुरी कबो अचानक बंद हो जाला!
अब सवाल बा कि Perimenopause कब से शुरू होखेला?
Perimenopause अधिकांश महिला में 40 साल के आसपास शुरू होखेला, लेकिन कुछ महिला में इ 30 साल के उमर से अवुरी कुछ में 50 साल के बाद भी शुरू हो सकता।
एगो बहुत बड़ सवाल जवन अक्सर महिला के दिमाग में आवेला कि - Perimenopause के दौरान गर्भधारण संभव बा?
जवाब बा - हँ! जब तक आपके Periods पूरा तरीका से ना रुक जाए तब तक गर्भवती होखल संभव बा।
अब जानल जाव कि Perimenopause के लक्षण का होला?
Perimenopause के दौरान आपके शरीर में बहुत बदलाव हो सकता, जईसे कि -
Periods अनियमित हो रहल बा।
कबो खून जादा त कबो बहुत कम।
Mood swings – कबो बहुत खुश त कबो बहुत दुखी महसूस होखेला।
Hot Flash- यानी अचानक गर्मी महसूस होखे।
रात में पसीना बहत रहे।
योनि Dry होखे के स्थिति।
बार-बार पेशाब करे के आग्रह होखेला।
अनिद्रा भा बहुते थकान महसूस कइल
Perimenopause के दौरान शरीर में होखे वाला बदलाव मानसिक स्वास्थ्य प भी असर डाल सकता।
बहुत महिला के चिंता, घबराहट अवुरी Depression महसूस हो सकता।
कबो-कबो छोट-छोट बात प नाराज होखल सामान्य होखेला।
अगर रउरा अइसन लागत बा त अपना परिवार के लोग से एह बारे में बात करीं आ जरूरत पड़ला पर डाक्टर से सलाह लीं.
Source:- 1. https://www.nhs.uk/conditions/menopause/
2. https://www.cuh.nhs.uk/rosie-hospital/menopause-and-perimenopause/signs-and-symptoms/
3. https://www.nhs.uk/conditions/menopause/symptoms/
4. https://www.webmd.com/menopause/guide-perimenopause
5. https://www.webmd.com/menopause/ss/slideshow-signs-perimenopause
ई जानकारी मेडिकल सलाह के विकल्प ना ह। अपना इलाज में कवनो बदलाव करे से पहिले अपना स्वास्थ्य सेवा प्रदाता से सलाह लीं। मेडविकी पर देखल भा पढ़ल कवनो बात के आधार पर पेशेवर चिकित्सा सलाह के अनदेखी भा देरी मत करीं.
हमनी के खोजीं पर: